भोजपुरी समय

  • Home
  • भोजपुरी समय

भोजपुरी समय भोजपुरी भाषा में राष्ट्रीय अंतर्राष्ट्रीय समाचार
(1)

शुभम करोति कल्याणमअरोग्यम धन संपदा,शत्रु-बुद्धि विनाशायःदीपःज्योति नमोस्तुते!दीपावली की सादर शुभकामना🙏🏻🙏🏻।
04/11/2021

शुभम करोति कल्याणम
अरोग्यम धन संपदा,
शत्रु-बुद्धि विनाशायः
दीपःज्योति नमोस्तुते!
दीपावली की सादर शुभकामना🙏🏻🙏🏻।

16/07/2021
24/04/2021

आज जब कोरोना महामारी के दोसरका लहर में विश्व के संगे-संगे आपन देश भारत जूझ रहल बा। अइसन विपत्त काल में जब सभे अपना अपना घर में रहे खातिर मजबूर बा, आ अकूला रहल बा त रउआ लोग खातिर भोजपुरी समय लेके आइल बा हास्य-व्यंग्य के रस में सराबोर समसामयिक विषय पर भोजपुरी आ हिन्ही के प्रसिद्ध साहित्यकार आ छंद विधा के जानकार श्री अमरेंद्र कुमार सिंह जी के ई लेख ''सेल्फी"
सेल्फी
हम चाहे रउआ कइसन लागत बानी, ,ई
#अमरेंद्रकुमारसिंह #भोजपुरीकहानी #सेल्फी #हास्यव्यंग्य

20/04/2021

चैत्र नवरात्र के आज नऊंवां दिन ह। आज देवी दुर्गा के नंऊवा स्वरूप माई सिद्धिदात्री के पूजा कइल जाला। आज साधक के मन निर्वाण चक्र में स्थित रहेला। माई सिद्धिदात्री भगवान विष्णु के अर्धांगिनी हईं| जइसन किसिद्धिदात्री, नांव से स्पष्ट बा कि माई सिद्धियन के देवे वाला हई। एही से अइसन कहल जाला कि इनकर पूजा कइला से आदमी के हर तरे के सिद्धि प्राप्त होखेला। चूंकि माई अपना एह रुप में कमल पर विराजमान बानी
#देवीसिद्धिदात्री #नवरात्र #पूजाअर्चना #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

20/04/2021

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः कोरोना वायरस के दूसरका लहर के बीचे पीएम मोदी देश के संबोधित कइले। अपना संबोधन के शुरुआत में मोदी कोरोना वायरस के एह दूसरका लहर में आपन जान गंवावे वाला लोगनके प्रति आपन शोक जतवले आ एह दौरान ओह सभे कोरोना वारियर्स के सराहना कइले जे एह महामारी के घरी में आपन जिनगी के परवाह कइले बिना दिन रात लोग के सेवा में जुटल बा।
पीएम मोदी जनता से निहोरा कइले कि हमनी
#कोरोनामहामारी #जनभागीदारी #पीेएममोदी #रामप्रकाशतिवारी #लॉकडाउन #वैक्सीन

19/04/2021

श्वेते वृषे समारुढा श्वेताम्बरधरा शुचिः। महागौरी शुभं दद्यान्महादेवप्रमोददा ।।
नवरात्र के नौ दिन के पावन पर्व अब अपना अंतिम पड़ाव पर बा। नवरात्र के नौ दिन में रोज देवी दुर्गा के नौ रूपन में से एक रुपके पूजा कइल जाला बाकिर नवरात्र के आठवां आ नंउवाँ दिने दुर्गा जी के नौ रूपन के प्रतीक में कन्या पूजन के विधान बा। कन्या पूजन एह पर्व के महत्व के आउर बढ़ा देला। त आईं आज जानल जाओ देवी दुर्गा के आठवां
#उपासना #देवीमहागौरी #नवरात्र #पूजाविधी #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

18/04/2021

एकवेणी जपाकर्णपूरा नग्ना खरास्थिता। लम्बोष्ठी कर्णिकाकर्णी तैलाभ्यक्तशरीरिणी।। वामपादोल्लसल्लोहलताकण्टकभूषणा। वर्धन्मूर्धध्वजा कृष्णा कालरात्रिर्भयन्करि।।

माई दुर्गा के सातवां शक्ति भा स्वरुप के भगवती कालरात्रि के नाम से जानल जाला। देवी कालात्रि के काली, महाकाली, भद्रकाली, भैरवी, मृत्यू, रुद्रानी, चामुंडा, चंडी आउर दुर्गा देवी के कइगो विनाशकारी रूप में से एगो मानल जाला। माई के रौद्री आ धुमोरना
#उपासना #कालरात्रीदेवी #नवरात्र #पूजाअर्चना #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

18/04/2021

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के मिली हिन्दुस्तानी एकेडेमी के भिखारी ठाकुर भोजपुरी सम्मान

शैलेंद्र कुमार तिवारी, भोजपुरी समयः देश के प्रतिष्ठित साहित्यिक संस्था हिन्दुस्तानी एकेडेमी प्रयागराज शुक्रवार के अपने राष्ट्रीय स्तर के पुरस्कारन के घोषणा कइलस। एह बेरी भोजपुरी खाति भिखारी ठाकुर भोजपुरी सम्मान ''आखर–आखर गीत'' बदे चंदौली जिला के बरहुआं गाँव के बेटा आ वर्तमान में गाजियाबाद में रहे वाला जयशंकर
#आखरआखरगीत #जेपीद्विवेदी #भिखारीठाकुरसम्मान #भोजपुरीसमय #शैलेंद्रकुमारतिवारी #हिन्दुस्तानीएकेडेमीप्रयागराज

18/04/2021

ॐ चन्द्रहासोज्ज्वलकरा शार्दूलवरवाहना । कात्यायनी शुभं दद्याद्देवी दानव-घातिनी ॥
नवरात्र के छठा दिने देवी कात्यायनी के पूजा कइल जाला। देवी कात्यायनी शक्ति के नवगो रुप में से छठा रुप हईं। अमरकोष में पार्वती मइया खातिर जवन दूसर नांव बा ऊ 'कात्यायनी' ही बा। एकरा अलावा संस्कृत के कइगो शब्दकोशन में उमा, कात्यायनी, गौरी, काली, शाकुम्भरी, हेमावती आ ईश्वरी जइसन इनकर कइगो नांव पढ़े के मिलेला। स्कन्द
#उपासना #देवीकात्यायनी #नवरात्र #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

18/04/2021

सिंहासनगता नित्यं पद्माश्रितकरद्वया । शुभदास्तु सदा देवी स्कन्दमाता यशस्विनी।।
नवरात्र के पाँचवाँ दिने देवी स्कंदमाता के उपासना कइल जाला। सभ जीव खातिर मोक्ष के दुआरी खोले वाली माई परम सुखदायी हई। माँअपना भक्तन के समस्त इच्छा के पूर्ति करेली। शास्त्रन में आइल काथा के मोताबिक भगवान स्कंद “कुमार कार्तिकेय” के नांव से भी जानल जाइले। इहां के प्रसिद्ध देवासुर संग्राम में देवता लोग के सेनापति बनल
#उपासनाा #नवरात्र #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी #स्कंदमाता

15/04/2021

धर्मेंद्र पांड़ेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारणः बिहार के सारण जिला के तरैया प्रखंड में कोरोना धीरे-धीरे आपन गोड़ पसारे के शुरु कर दिहले बा। बाकिर लोग अबहींयो नइखे चेतत आ ना डेराते बा।बता दीं कि राज्य सरकार के आदेश से प्रदेश भर में सब शिक्षण संस्थान बंद हो गइल बाडीं सं। बाकिर तरैया में अबहीयों कुछ प्राइवेट शिक्षण संस्थान धड़ल्ला से चल रहल बा।
प्रखंड के अधिकतर लोग कोरोना गाइडलाइन के पालन नइखे करत।
#कोरोना #तरैया #धर्मेंद्रपांडेय #पॉजिटिव #भोजपुरीसमय #सारण #सेकेंडस्ट्रेन

15/04/2021

ॐ सुरासम्पूर्णकलशं रुधिराप्लुतमेव च। दधाना हस्तपद्माभ्यां कुष्मांडा शुभदास्तु मे।

ब्रह्मांड के उत्पन्न करे वाली माई कुष्मांडा
नवरात्र में चउथा दिन दूर्गा देवी के कुष्मांडा के रूप में पूजल जाला। अपनामंद-मंद हंसी से अण्ड माने ब्रह्मांड के उत्पन्न कइला के कारण एह देवी के कुष्मांडा नाम से बोलावल जाला। अइसन कहल जाला कि जब सृष्टि ना रहे, चारों ओर अन्हारे अन्हार रहे, तब इहे देवी अपना ईषत्‌ हास्य से
#चउथादिन #देवीकूष्मांडा #नवरात्र #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

14/04/2021

जय मां चंद्रघंटा देवी
ॐ या देवी सर्वभूतेषु मां चंद्रघंटा रूपेण संस्थिता। नमस्तस्यै, नमस्तस्यै, नमस्तस्यै, नमो नमः।
नवरात्र के तीसरका दिने देवी दुर्गा के तीसरा स्वरूप देवी चंद्रघंटा के पूजा-आराधना कइल जाला। नवरात्र में दुर्गा-उपासना के तीसरा दिन के पूजा के विशेष महत्व होला। मां दुर्गाजी के तीसरा शक्ति के नाम चंद्रघंटा हऽ। नवरात्र उपासना में तीसरा दिन इन्हीं के विग्रह के पूजन-अर्चन कइल जाला। माई
#उपासना #देवीचंद्रघंटा #नवरात्र #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

14/04/2021

आज सतुआन ह, आज पूर्वी उत्तर प्रदेश आ बिहार झारखंड में सतुआ खाए के परंपरा बा। आज जब हमनी सभे रोजी रोटी के फेरा में अंधाधुंध दउड़ रहल बानीं जा, आ कोरोना महामारी फेरु से तेजी से फइल रहल बा। अइसन में आईं पढ़ीं सतुआन पर लिखल आशा सिंह जी के ई संस्मरण आ लवट चलीं अपना लड़िकाईं में आ सतुआन के आनंद पूरा परिवार के संगे उठाईंः
आज भोरे से बहुत काम रहल ह। चैती छठ के बर्तन आ घर दुआर पोंछत पाछत अबेर हो गई ल ह।
#आशासिंह #कोरोनामहामारी #भोजपुरीसमय #सतुआन #संस्कृति #संस्मरण

14/04/2021

कोरोना महामारी देश के कुछ हिस्सा में अपना पूरा सबाब पर बा, ताण्डव मचवले बा, के कब एकरा चपेट में आ जाइ केहू नइखे जानत, एहतियात बरतल त जरूरी बटले बा, साथे साथ टीकाकरण भी चल रहल बा, उहो लगावल समय के जरूरत बा ।
एह धरा धाम पर कुछउ स्थायी नइखे, जे आइल बा ओके जहिं के परी। हं समय अनिश्चित बा। ई कोरोना भी जाइ, जहिं के परी, समय के पंक्षी कहाँ रुके वाला उ त उड़ते रही, अइसन समय में आइल सतुआन, उत्सवधर्मिता त
#कोरोना #तारकेश्वररासतारक #भोजपुरीसमय #महामारी #वायरस #वैक्सीन #सतुआन

14/04/2021

माँ ब्रह्मचारिणी के नवरात्र पर्व के दूसरा दिने पूजा-अर्चना कइल जाला। साधक एह दिन अपना मन के माई के चरणन में लगावेलें। ब्रह्म के अर्थ हऽ तपस्या आ चारिणी माने आचरण करे वाली। एह प्रकार ब्रह्मचारिणी के अर्थ भइल तप के आचरण करे वाली। इनका दहिना हाथ में जाप के माला आ बावाँ हाथ में कमण्डल रहेला। माँ दुर्गाजी के ई दूसरा स्वरूप भक्तन आ सिद्धन के अनन्तफल देवे वाला हऽ।

इनका उपासना से मनुष्य में तप, त्याग,
#उपासना #दूसरादिन #देवीदूर्गा #नवरात्र #ब्रह्मचारिणी #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी

13/04/2021

आज नवरात्र के पहिला दिन हऽ। एह अवसर पर भोजपुरी समय डॉट कॉम अपना पाठकल खातिर लेके आइल बा एगो विशेष श्रृंखला। एह श्रृंखला में हमनी रउआ के रोज बताएब देवी के नव स्वरुपन में से एगो स्वरुप के बारे में। एकरासंगे-संगे माई के ओह सरुप के कइसे पूजा कइल जाला, का मंत्र बा का विधान आ का फल बा ई सभ कुछ रउआ एजा पढ़े के मिली। त देर कवना बात के आईं आज जानल जाव माई के पहिलका सरुप देवी शैलपुत्री के बारे में।

जइसे
#उपासना #नवरात्र #पूजाविधी #भोजपुरीसमय #रामप्रकाशतिवारी #शैलपुत्री

13/04/2021

विक्रमी संवत 2078 के शुरुआत हो रहल बा आज से, एह दिन के सनातन परंपरा के लोग आपन नववर्ष कहेलें। भारत के संगे-संगे दुनिया के कोना-कोना में रहे वाला सनातनी लोग एह दिन के हर्ष आ उल्लास से मनावेलें। त आईं रउओ पढ़ीं नववर्ष पर तारकेश्वर राय तारक जी के लिखल ई आलेख।
आज हमनी के हिन्दू रीती के अनुसार नवका साल के समहूत हो रहल बा | विक्रम संवत् 2078 चइत अंजोर एकम, 13 अप्रैल 2021 अर्थात आज पहिला दिन ह नव
#तारकेश्वररायतारक #नवसंवत्सर #भोजपुरीसमय #विक्रमसंवत2078 #सनातनपरंपरा

28/03/2021

माघ के बसंत पंचमी से शुरु होखे वाला फगुनी बयार आ ओकरा संगे शुरु फगुआ गावे के परंपरा अब बिला रहल बा। एही सभ पर अपना लेखनी के जरिए आपन चिंता जाहिर कर रहल बानी भोजपुरी के सुप्रसिद्ध ई पतिरिका सिरिजन के उपसंपादक श्री तारकेश्वर राय तारक जी।
सभके परनाम आ जय भोजपुरी
आज गांव के फगुआ के बड़ा इयाद आवता। कबो नीक फगुवा गावल गाँव के इज्जत बढ़ावत रहे, अब उ परम्परा हांफत बीया ओकर दम बन्द होखहीं वाला बा। अपना #चइता #तारकेश्वररायतारक #परंपरा #फगुआ #भोजपुरीसमय

22/03/2021

आज से कई बरिस पहिले जब केन्द्र सरकार देश के जनता खातिर आधार कार्ड के बनावे के घोषणा कइलस तऽ कहलस कि ई कार्ड लोग के भलाई आ फायदा खातिर होखी। एकरा बार बाद साल 2014 से केन्द्र में पीएम मोदी के अगुआई में सत्तासीन बीजेपी के सरकार जब आधार कार्ड के सभ प्रकार के सरकारी योजना के लाभ लेवे खातिर जरुरी बनवलस, तऽ लोग में ई उम्मेद जागल कि ऐसे अब गरीब-गुरबा के भलाई होखी। काहे कि एह कड़ी में सरकार से कम दाम चाहे #आधारकार्ड #रामप्रकाशतिवारी #राशनकार्ड #सुप्रीमकोर्ट

04/03/2021

भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, गाजियाबादः भोजपुरी के संविधान के आठवां अनुसूची में स्थान दियावे खातिर आंदोलनरत भोजपुरीया समाज खातिर एगो सुखद खबर बा। उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान भोजपुरी के दूगो वरिष्ठ महिला साहित्यकारन के अबकी बरिस सम्मानित करे के घोषणक कइले बा। संस्थान से मिलल सूचना के मोताबिक अबकी भोजपुरी से डॉ. प्रेमशीला शुक्ल आ डॉ. #उत्तरप्रदेशहिन्दीसंस्थान #भिखारीठाकुरसम्मान #भोजपुरीसमय #राहुलसांकृत्यायन

04/03/2021

इतिहास साक्षी बा आजादी के बादो राजभाषा हिन्दी के पूरा देश मन से सुविकार ना कइलस। हिन्दी के बढ़ावा देखे खातीर समय समय पर सरकार पखवाड़ा प्रोमोशन इनाम जइसन कदम उठावते रहेले। एकरा बावजूद देश के दक्षिणी हिस्सा एकरा के अपना पर बलजोरी थोपले मानेला आ गाहे बगाहे बिरोध के स्वर उठवते रहेला। अइसन माहौल में पश्चिम बंगाल के चुनावी सरगरमी के केंद्र में हिन्दी आ ओहसे जुड़ल मुद्दा बा, त ई संकेत बा बदलाव के। गैर #तारकेश्वररायतारक

03/03/2021

आज अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस हऽ। माने अबले के चलन के हिसाब से एगो इवेंट। सालगिरह टाइप के! जदि एकरा के इवेंट के हिसाब से देखल जाओ तऽ बधाई तऽ बनत बा। मने 'हार्दिक बधाई' आ 'हार्दिक शुभकामना' जइसन परंपरागत बाकिर पॉप्यूलर जूमलन के आसमान में जरुर उछाले के चाहीं। अउरी एही तरे एगो सलाना जलसा नियर एकरो इतिश्री रेवा खण्डे समाप्तः; बिल्कुल हिन्दी दिवस अउरी पखवाड़ा नियर। बाकिर जूमला से कुछ ना कुछ #अंतर्राष्ट्रीयमातृभाषादिवस #मातृभाषा #राजीवउपाध्याय

30/01/2021

प्रशांत द्विवेदी, समाचार डेस्क, भोजपुरी समय, छपराः अंतरराष्ट्रीय स्वयंसेवी संस्था लायंस क्लब छपरा टाउन के युवा इकाई लियो क्लब छपरा टाउन देश के वीर सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित करत शहीद दिवस पर आयोजित कार्यक्रम में सारण जिला के लाल संतोष कुमार के प्रतिमा पर माल्यार्पण कइलस। एकरा अलावा क्लब के सदस्य लोग शहीद के पैतृक गांव रिविलगंज जाके शहीद संतोष कुमार के परिजन पिता त्रिभुवन प्रसाद के शॉल आ स्मृति पत्र देके सम्मानितो कइले। क्लब के सदस्यन के द्वारा शहीद मुन्ना कुमार यादव आ शंभु कुमार यादव के परिजनो के सम्मानित कइल गइल।...

https://bhojpurisamay.com/leo-club-chapra-felicitate-families-of-martyrs/

30/01/2021

धर्मेंद्र पांडेय, खेल डेस्क, भोजपुरी समय, मशरकः राष्ट्रीय सड़क सुरक्षा सप्ताह के अंतर्गत खेल प्रतियोगिता के पांचवां दिन राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के प्रांगण में आयोजित महिला हैंडबॉल प्रतियोगिता के रोचक मुक़ाबला में बनियापुर के टीम मशरक के टीम के 8 – 6 के अंतर से पराजित कर विजेता ट्रॉफी पर आपन कब्जा जमवलस। ओहिजा मशरक टीम के उपविजेता के ट्रॉफी से संतोष करे के पड़ल। मशरक पुलिस द्वारा सड़क सुरक्षा सप्ताह के तहत आयोजित एह कार्यक्रम के संयोजक मशरक पूर्वी के मुखिया प्रतिनिधि अमर सिंह कार्यक्रम में आइल अतिथियन के स्वागत अंगवस्त्र आ माला पहिनाके कइले।...

https://bhojpurisamay.com/baniyapur-banal-champion/

26/01/2021

कोविड-19 से उपजल समस्या अउरी कुफुत के बीच देश आपन 72वां गणतंत्र दिवस मना रहल बा। परम्परा के निभावे के त बटले बा लेकिन पारम्परिक भब्यता एह बेर देखे के ना मिलल । दिल्ली में आयोजित मुख्य परेड में सामिल होखे वाला जवान आ झांकी के गिनती भी पहिले के मुकाबला आधे बा अउरी परेड हर साल लाल किला पर खत्म होला एह बेर नेशनल स्टेडियम पर ही खतम हो गइल । जवन पूरा दूरी के आधे रहे। सरकारी फरमान के चलते दर्शक के संख्या भी सीमित रहे।...

https://bhojpurisamay.com/republic-day-india-26-january/

26/01/2021

समाचार डेस्ट, भोजपुरी समय गणतंत्र दिवस पऽ किसान संगठनन के बोलावल रैली हिंसक भइला के बाद दिल्ली के लाल किला पऽ कऽ ले ले बे अउरी स्वतंत्रता दिवस पऽ जहँवा प्रधानमंत्री तिरंगा फहरावेलन ओह जगह सिख किसान निशान साहिब फहरा देले बाड़े। मालूम होखे के चाहीं कि गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के प्रस्तावित किसानन के ट्रैक्टर रैली में किसान संगठनन के समय से पहिले अउरी पहिले से तय रुट से अलिगा रैली निकलला के बाद दिल्ली में अलग जगहन पर भारी हिंसा भइल बा जेवना में सरकारी अउरी निजी सम्पति के बहुत नोकसान भइल बा। एह हिंसा में बहुत किसान, आम लोग आ पुलिसकर्मी घाही भइल बाड़े।

https://bhojpurisamay.com/nishan-sahib-flag-is-hoisted-by-protesters/

26/01/2021

समाचार डेस्ट, भोजपुरी समय गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के प्रस्तावित किसानन के ट्रैक्टर रैली में दिल्ली के अलग जगहन पर भारी हिंसा भइल बा। रैली में भाग लेबे वाला किसानन के पुलिस संगे ना खाली झड़प भइल बा बलुक जगह सरकारी अउरी निजी सम्पति के बहुत नोकसान भइल बा। दिल्ली पुलिस किसान आन्दोलन में भाग लेबे वाला संगठन के ट्रैक्टर रैली के खाती एगो रुट आ समय देले रहल बाकिर किसान संगठन समय से पहिले पुलिस से भीड़ंंत कऽ के ना खाली बैरीकेट तुरि दिहलें बाकिर पहिले तय रुट के अगला रूट पर रैली शुरु कऽ दिहलें। कारन दिल्ली पुलिस रैली रोके के कोसिस कइलस जेवन बाद में हिंसा के रुप धऽ लिहलस। एह हिंसा में बहुत किसान, आम लोग आ पुलिसकर्मी घाही भइल बाड़े।

https://bhojpurisamay.com/farmer-protest-tractor-rally/

Address


Alerts

Be the first to know and let us send you an email when भोजपुरी समय posts news and promotions. Your email address will not be used for any other purpose, and you can unsubscribe at any time.

Contact The Business

Send a message to भोजपुरी समय:

Shortcuts

  • Address
  • Telephone
  • Alerts
  • Contact The Business
  • Claim ownership or report listing
  • Want your business to be the top-listed Media Company?

Share